खबर लहरिया ताजा खबरें सीवर के पानी जमत सड़क पर

सीवर के पानी जमत सड़क पर

07-11-13 Kasba mavaiya

सड़क पर सीवर के पानी

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगाव, नगर क्षेत्र मवैया  दलित बस्ती। इ बस्ती के आबादी लगभग दू हजार हव।    इहां के सड़क पर लगभग बारह साल से सीवर के पानी फइलल हव।  इहां के सीवर  जाम पड़ल हव। जेकरे वजह से आवे जाए वालन के बहुत परेशानी के सामना करे के पड़त हव।
इहां पर लगभग आठ लोग रहलन। लेकिन बात हव कुछ लोगन से। इहां के मंहगु, राम, मालती इ सब लोगन के कहब हव कि इहां सीवर लगले कउनों फायदा नाहीं हव। गावं के लोग के पानी सड़क पर बहत हव। इ पानी से हमने के केतना परेशानी होती हव। कभी कभी त साइकिल से जाए वालन सड़क पर गिर जालन। पैदल आवे जाए वालन के भी ओही पानी में से आवे जाए के पड़ला। सड़क के किनारे जेकर घर हव ओके आउर ज्यादा परेशानी होत हव। गन्दा पानी से मक्खी, मच्छर आउर तमाम तरह के बीमारी फइलत हव। सभासद से भी कहल जाई त ओन भी नाहीं सुनतन।
सभासद दुर्गा देवी के लइका सुजीत मौर्या के कहब हव कि जल्दी से जल्दी सफाई करवा देब। सीवर खुदाई के काम लगल हव।