खबर लहरिया ताजा खबरें सरकारी काम हव दिखावा

सरकारी काम हव दिखावा

Taza pandaypur2जिला वाराणसी नगर क्षेत्र, पाण्डेयपुर  आजमगढ़ रोड लालपुर। सरकारी काम के एक दिखावा तब फिर सामने आएल। जब 24 तारीख के सन्तोष कुमार पटेल रात के गा़डी लेके आवत रहलन। सड़क पर थोड़ा से पोल रहल। गाड़ी खड़े वही में धस गएल।जेसे गाड़ी के त पुर्जा पुर्जा होई गएल। सन्तोष भी बुरी तरह से जख्मी हो गइलन। ओनके शुभम अस्पताल में भर्ती करल गएल। जेके लेके  इहां के वयापारी लोग धरना देहलन त थोड़ा सड़क बनल हव। अब सन्तोष के अस्पताल से छुट्टी मिल गएल हव। गाड़ी गढ्ढा में गिरे से गाड़ी के कुछ सामान खो गएल। दुर्घटना के बाद सड़क के भी मरम्मत हो गएल। लेकिन फिर अइसन मरम्मत भएल कि ट्रक के चले से सड़क एक बार फिर से धस गएल। फिर कब दुर्घटना हो जाए कुछ कहल नाहीं जा सकत। सन्तोष के माई सुमित्रा देवी आउर बहिन नीतू पटेल के कहब हव कि आज हमने के साथे दुर्घटना भयल हे। कल के अगर बस घस जात त का होत। सन्तोष के ईलाज खातिर के चैरावनबे हजार आउर गााड़ी नुकसान खातिर सरसठ हजार रूपिया एल. एल. टी. कम्पनी के तरफ से मुआवजा मिलल हव। मुआवजा त मिल गएल लेकिन भविष्य में अइसन दुर्घटना ना होवे एकरे खातिर मजबूत आउर ठोस सड़क बनवावे के चाही। खबर लहरिया के पत्रकार एल. एल. टी. कम्पनी आउर नगर निगम से बात करे के कोशिश कइलिन। लेकिन कउनों जवाब ना देके काम चलाउ सड़क बनवा देहले हयन।