खबर लहरिया ताजा खबरें शुरू भयल काम

शुरू भयल काम

tazaa b

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगांव , गांव संदहा। इहां के दलित बस्ती में नाला खातिर गड्ढा खनायल हव जवन कि दू महीना से अधूरा पड़ल हव। इहां रहे वाले दिलीप आउर अखिलेश के कहब हव कि सीवर खातिर इ गड्ढा दू महीना से खनायल हव जवन कि जल निगम के तरफ से खनायल हव। गड्ढा होवे से आवे जाए में भी बहुत परेशानी होत हव। लेकिन कोई भी एके देखे नाहीं अवात हव। गांव के कुछ लोग गड्ढा पाट के आपन काम करत हयन। इ गांव में पहिले बड़ी बड़ी गाड़ी आवत जात रहल लेकिन गड्ढा होवे से एको काम नाहीं हो पावत हव।गांव वालन के इ समस्या के लेके विधायक उदयलाल मौर्या 30 मार्च 20013 के गांव  में जाके गड्डा देखलन आउर कहलन कि एक सप्ताह के अन्दर रोड पर काम शुरू हो जाई बहुत जल्दी ही पूरा भी हो जाई।