खबर लहरिया ताजा खबरें बिना सुविधा के हव उपकेन्द्र

बिना सुविधा के हव उपकेन्द्र

12-12-13 Taza upkendra

बंद पड़ल हव उपकेन्द्र

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर हाजीपुर बाजार। इहां का उपकेन्द्र सप्ताह में केवल एक दिन खुलला जबकि सरकारी नियम हव कि रोज खुले के चाही। इहां ना तो शौचालय हव और नाहीं हैण्डपम्प हव। मेहरारू के डिलीवरी खातिर भी कउनों व्यवस्था नाहीं हव।
इहां के अनीता के कहब हव कि जब कभी हमने के डिलीवरी करवारवे के होला त हमने के चोलापुर के अस्पताल में जायके होला। कभी हमने के शौचालय जायके होला त पानी के भी सुविधा नाहीं मिलत। इहां के महदेई के कहब हव कि अभहीं हाल ही में हमरे पतोह के बिटिया भयल हे तो हमके आशा के साथे चोलापुर के सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र में जायके भयल। इ उपकेन्द्र त हर समय बन्द पड़ल रहला।
इहां के अधिक्षक डा. प्रेम प्रकाश के कहब हव कि इहां के ए. एन. एम. रेखा के बच्चा पैदा भयल हव। ओन नाहीं आवत हईन। एही से उपकेन्द्र नाहीं खुलत हव। नाहीं त उपकेन्द्र हर समय खुलल रहला। आउर दूसर कउनों ए. एन. एम.इहां आवे के तैयार नाहीं हईन।