खबर लहरिया ताजा खबरें बिजली ना रहे से परेशान लोग

बिजली ना रहे से परेशान लोग

16-08-13 Taza bizali

धरसौना के जलल ट्रांसफार्मर

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, धरसौना बाजार। इहाँ के बाजार में लगभग बीस दिन से ट्रांसफार्मर जल गएल हव। इहाँ लगभग पांच हजार के आबादी हव। बिजली ना आवे से इहाँ के लोग के बहुत परेशानी होत हव।

इहाँ के दुकान लगावे वाला आउर इहाँ के रहे वाले गुड्डू, मुन्ना, छेदी साव, पप्पू, नन्दनी समेत कई लोगन के कहब हव कि इहाँ 500 केवी के ट्रांसफार्मर हव। एही से सबकर कनेक्शन हव। सब जगह के लोड के वजह से इ बार बार जल जाला। बिजली नाहीं आवे से लोगन के आटा चक्की में पड़ल रह जात हव। बिजली ना रहले से हमने के पानी नाहीं मिल पावत हव। रात भी अंधियारा में गुजारे के पड़त हव। इहाँ देड़ लीटर तेल मिलला कइसे महीना भर चली। हमने के त दिक्कत हव ही लइकी लइकन के भी पढ़ाई में भी बहुत दिक्कत होत हव।
इ सब के बारे में जब अधिशासी अभियन्ता आर. एन. सिंह से पूछायल त ओनकर कहब हव कि इ बात डी. एम.तक मालूम हव। ए सयम कई जगह के ट्रांसफार्मर जलल हव। धीरे धीरे करके दस पन्द्रह दिन में लग जाई।