खबर लहरिया ताजा खबरें बिजली कटौती से ना मिलत पानी

बिजली कटौती से ना मिलत पानी

taza bijli
जिला वाराणसी के अइसन कई गांव आउर शहर हव जहां बिजली कटौती के समस्या से लोग कई महीना से लोग परेशान हयन। आउर बिजली कटौती होवे के कारन लोग पानी पानी के मोहताज हो गयल हयन। एतना ही नाहीं बिजली सम्बन्धित सब काम में रूकावट होत हव। जइसे पावरलूम आटा चक्की आउर बाकी सब कारखना बिजली बिना एकदम रूकल हव।
   उमरहां, सलारपुर, शंकरपुर, रूस्तमपुर, इ सब ग्रामीण क्षेत्र हव जहां के कमलेश, अनिल, संजय, आउर अवधेश समेत कई लोगन के कहब हव कि गांव में तो आठ घण्टा लाइट देवे के नियम हव। लेकिन चार घण्टा भी लाइट ठीक से मिल जाये तो बहुत बड़ी बात हो जाये। लाइट ठीक से ना देहले पर खेत के सिंचाई भी ना हो पावत। आउर आटा चक्की में आटा जाई तो कई कई दिन लग जाई आटा पिसाये में आउर एतना ही नाही जहां पानी सप्लाई लगल हव। उ लोग के पानी मिलब भी मोहाल हो गयल हव। कुछ एहिसे हाल पाण्डेयपुर, हुकुलगंज, कैण्ट, बउलिया के भी हव एही से लाइट ना होवे पे कउनों भी काम ठीक से ना हो पावत। शहर के इलाकन में तो पानी ही ना मिल पावत। आउर गर्मी से जमीन के पानी सूख जाला अभहीं तो ठीक हव आउर गर्मी पड़ी तो बिजली बटौती बढ़ जाई। बिजली विभाग के उपखण्ड अधिकारी एस.के. सिंह के कहब हव कि हम लोग तो अपने तरफ से गांव में चैबीस घण्टा में से आठ घण्टा चाहे जइसे लाइट देइला। आउर अइसन भी नाहीं हव कि प्रशासन के तरफ से पूरा लाइट मिलबे करे।