खबर लहरिया ताजा खबरें पोखरा खातिर चलत मुकदमा

पोखरा खातिर चलत मुकदमा

24-10-13 Taza pokha

कूड़ा से भरल हव पोखरा

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं  बरसड़ा। इ गावं में सौ साल पुराना गावं समाज के पोखरा हव। इ पोखरा में पहिले पंचबोहनी के मेला लगत रहल। इ पोखरा के पानी से लोग खाना बनावत रहलन। लेकिन आज इ पोखरा में कूड़ा फेंकात हव। इ पोखरा के लेके पूर्व ग्राम प्रधान अवधेष आउर मनोज सेठ से मुकदमा चलत हव।
इ गावं राकेष कुमार, जितेन्द्र, बबलू मौर्या, विनोद कुमार मौर्या इ सब लोगन के कहब हव कि इ पोखरा के दूनों तरफ घाट हव। पहिले इ पोखरा के पानी से लोग खाना बनावत रहलन लेकिन आज इ पोखरा कूड़ा से ढक गएल हव। इहां  के ग्राम प्रधान मनोज सेठ के कहब हव कि इ पोखरा गावं समाज के हव। इहंा के पूर्व प्रधान अवधेष के कहब हव कि इ पोखरा हमरे दादा के हव। एही से ओन स्टे लगइले हयन। आउर मुकदमा चलत हव।
पूर्व प्रधान अवधेष के कहब हव कि इ 62 बिस्सा के पोखरा हमरे दादा के नाम पर हव। एही से हम मुकदमा लड़त हई। लेखपाल उमाषंकर के कहब हव कि इ जमीन गावं इहां समाज के हव। इ जमीन के 33 आउर 4980 नम्बर हव। पोखरा के आसपास भीटा भी हव। आउर 16 डिसिमिल जमीन रामलीला खातिर हव।