खबर लहरिया ताजा खबरें पिए के पड़त हव शौचालय के पानी

पिए के पड़त हव शौचालय के पानी

07-02-14 Taza Schoolजिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, हाजीपुर बाजार प्राथमिक स्कूल। इहां के स्कूल में हैण्डपम्प आउर शौचालय के सोकता एक जगह हव। जेसे कि हैण्डपम्प से सोकता के पानी आवला। लगभग छः महीना से एही पानी से खाना बनला आउर बच्चन भी एही पानी पी के बीमार पड़त हयन।
इहां के टीचर राम अवध सिंह, सरस्वती, राजेश कुमार सिंह के कहब हव कि इ पानी पी के बच्चन बीमार पड़त रहलन एही से हमने इ पानी पिए से मना कर देहली। अब बच्चन स्कूल से पांच सौ मीटर दूर से पानी लिया के त पियलन। प्रधान से भी कई बार कहायल। कई लोग लिख के भी ले गइलन लेकिन अभहीं तक कुछ नाहीं भयल।
प्रधान रामधनी चैहान के कहब हव कि विधायक आउर बी. आर. सी. पर अप्लीकेशन दियाल रहल। बी. आर. सी. से लोग जाँच करे भी आएल रहलन। ओनकर कहब रहल कि हैण्डपम्प पास हो जाई। अगर सोकता भी दूसरे जगह पर बन जात त आराम हो जात। विधायक त्रिराम कें कहब हव कि इ हैण्डपम्प के बारे में हमरे इहां कउनों जानकारी या प्रस्ताव नाहीं आएल हव। अगर हमरे पास लिखल सबुत रही तबहीं हम डी. एम. के दे सकब। बेसिक शिक्षा विभाग के अभय सिंह के कहब हव कि एकरे खातिर जल निगम के प्रस्ताव लिख के देब। इ त जल निगम के उपर हव देखा कब तक होला। चुनाव के माहौल हव देर भी हो सकला।