खबर लहरिया खेती पांच साल से अधूरा हव पुल

पांच साल से अधूरा हव पुल

जला वाराणसी, ब्लाक काशी विद्यापीठ, ग्राम भरथरा। भरथरा -शिवपुर के जोड़े वाली वरूणा पुल पांच साल से अधूरा में लटकल हव। किसानन के जमीन के मुआवज़ा ना मिले से किसान अपरोच बने नाहीं देत हयन।

वरूणा नदी के पुल बन गएल हव खाली अपरोच बाकी हव। भरथरा के चिन्टू यादव बतइलन कि उपरीगामी पुल बने में गांव के कई लोग के जमीन चल गएल हव। जेमे गांव के ललई के पांच बिस्सा आउर कुछ किसानन के आठ दस बिस्सा जमीन चल गएल हव। जउने के किसान मुआवजा मांगत हयन। लेकिन सरकार ओके अटकइले हव। इहां रहे वाले सुजीत यादव के कहब हव कि इ पुल के बारे में जेके नाहीं पता रहत उ तेज गाड़ी से आवला आउर नीचे गिर जाला।

pool

गांव के कुछ लोगन के कहब हव कि हमनी केतना धरना प्रदर्शन करे लेकिन कउनों फायदा नाहीं हव। पता नाहीं इ कब बनी आउर कब हमनी के मुआवज़ा मिली?

गांव वालन के इ समस्या के बारे में जब पी.डब्लू.डी. विभाग में पूछायल त यहां पर सीनियर बाबू के पद पर कार्यरत मनोज बाबू बतइलन कि पुल के सब कागज़ात तइयार हो गएल हव। अपरोच भी बनावे के तइयारी हो गएल हव। आउर किसानन के मुआवज़ा देवे खातिर पइसा आ गएल हव। जल्दी ही किसानन के मुआवज़ा मिल जाई।