खबर लहरिया ताजा खबरें नरेगा के तहत उखड़त खड़ण्जा

नरेगा के तहत उखड़त खड़ण्जा

नरेगा में काम करत मजदूर

नरेगा में काम करत मजदूर

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गाँव धरसौना दलित बस्ती। इहां एक सप्ताह से नरेगा के काम शुरू भएल हव। खड़ण्जा उखाड़ दियल गएल हव। काहे से कि खड़ण्जा रहले से नाली खुलल रहत रहल आउर सड़क पर भी खूब पानी रहत रहल।
इ कहब हव राधेश्याम, फूलमनी, श्यामप्यारी, वंशराज समेत आउर लोगन के। एनलोग बतइलन कि जब चकरोट रहल त नाली खुलल रहत रहल जेसे हमने के बहूत परेशानी होत रहल। जब कउनों गाड़ी मोटर आवे त पूरा पानी भइल जाए। कभी कभी त गाड़ी वालन गाड़ी लेके गिर भी जालन। अभहीं कुछ दिन पहिले के बात हव एक लोग गाड़ी लेके गिर गएल रहलन जेकरे वजह से ओनकर कपड़ खराब हो गएल रहल। ..ऐसे लइकी लइकन के भी आवे जाए में बहुत दिक्कत होए। केतना काशिश के बाद त अब जाके काम हावे शुरू भएल हे।
अब जब काम शुरू हो गएल हव त हमने चाहीला कि जल्दी से जल्दी काम शुरू हो जाए। केतना बार हमने प्रधान से कहली त अब जाके काम शरू भएल हे।