खबर लहरिया ताजा खबरें चार मीटर दूर खतरा

चार मीटर दूर खतरा

04-07-13 Taza ganga2जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं गावं । इ गंगा अब खतरे के निशान पर। दशाश्वमेध घाट के प्राचीन शीतला  मंदिर के चैखट तक पहुंच के गंगा शान्त हो गईल हईन।
पिछले पन्द्रह दिन से गंगा में पानी तेजी से बढ़त रहल। पूरा घाट डूबे से खाली चार मीटर के दूरी रह गएल हव।उहाँ के सब दुकान लगावे वाले के ए समय सब दुकान बन्द हव। दशाश्वमेध घाट पर स्थ्ति आरती के चैकी हटावे के भी आदेश हव। पानी बढ़े होवे के वजह से सब नाव घाट के किनारे बांध देवल गएल हव। गंगा घाट पर चन्दा वसूल करने वाले कुशवाहा साहनी के कहब हव कि गंगा में बाढ़ आवे के वजह से इहां के नाव चलावे वाले पर रोक लगल हव। जे ना मानी आउर जे एकर उल्लंघन करी ओकरे उपर मुकदमा दर्ज होई। जनता के सुरक्षा खातिर के पंच मुखी घाट समेत मणिकर्णिका, हरिश्चन्द्र घाट पर सिविल पुलिस तैनात हयन।