खबर लहरिया ताजा खबरें काम कइले पर भी नाहीं मिलत हव मजदूरी

काम कइले पर भी नाहीं मिलत हव मजदूरी

Taza Bandha kala

कम करत मजदुर

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं  भन्दहा कला। नरपतपुर कैथी के नाल नहर के सफाई दिनांक 20 नवम्बर 2013 से शुरू भयल रहल।  एकरे पहिले जुलाई 2013 में लगभग छब्बीस दिन काम भयल रहल। अभहीं बाकि हव मजदूरी चैबीस लोगन के पहिले के।  ए समय लगभग चैदह मजदूर काम करत हयन अभहीं तक मजदूरी नाहीं मिलल हव।
छोटेलाल, संगीता, रामसकल, जितेन्द्र, कपील, मुनोक, मुन्नीलाल, लालमनी, सुबेदार, रामचन्द्र, शंकर, इ लोगन के कहब हव कि हमने अजदूर आदमी हई। हमने काम करल जाला कि हमने के कुछ मिल जाई त परिवार में एही सहारा हव। लेकिन काम इ नहर में हमने कइली। लेकिन अभहीं तक नाहीं मिलत हव। कइसें चली परिवार अभहीं तक नाहीं मिलल हव।
इहां के आपरेटर प्रकाश जे पी के कहब हव कि सिंचाई विभाग से इ काम लगल हव। पहिले काम के पइसा इ मजदूर के बाकि हव मजदूरी। देबारा काम भी लगल हव।