खबर लहरिया ताजा खबरें उपकेन्द्र भयल हव कबाड़

उपकेन्द्र भयल हव कबाड़

Taza Upkendra

उपकेन्द्र में पड़ल कबाड़ा

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं, गावं सरसवल। इहां के स्वास्थ्य उपकेन्द्र कबाड़ भयल हव। इहां  के उपकेन्द्र के दीवार भी टूट गएल हव। एमे हमेशा ताला बन्द रहला। ए. एन. एम. लोग के घरे में बईठ के टीकाकरण करे के होला। अइसन उपकेन्द्र रहले कउन फायदा हव जबकि गरीब लोग के परेशानी उठावे के पड़त हव।
शाहिना बेगम समेत आउर कई लोगन के कहब हव कि इ उपकेन्द्र के दीवार टूट गएल हव। आउर ताला भी बन्द रहला। अइसन उपकेन्द्र रहले कउन फायदा हव कि सरकार त उपकेन्द्र बनवा देहले हव। कि जे ब्लाक पर ना जा पाई उ स्वास्थ उपकेन्द्र में जाके इलाज करवा लेई। लेकिन इहां जउन उपकेन्द्र बा ओकर दीवार टूट गएल हव। आउर ओमे भी ताला बन्द रहला। कभी कभी सीरियस केस हो जाला आउर गरीब लोग के ब्लाक पर जाए में देरी हो जाला। त गावं वालन अइसन हालत में का करियन। अगर उपकेन्द्र खुलल रहे त गावं वालन के सीरियस केस में कुछ ना कुछ दवाई त मिल ही जाए। लेकिन इ उपकेन्द्र के देख के खाली सन्तोष करे के पड़ला कि इहां उपकेन्द्र हव। फायदा कुछ नाहीं हव। प्रधान भी इ उपकेन्द्र पर कउनों धियान नाहीं देतन। प्रधान होसिया के ससुर नखड़ू के कहब हव कि उपकेन्द्र के मरम्मत खातिर के बजट नाहीं हव।