खबर लहरिया ताजा खबरें उपकेन्द्र बनल कबाड़

उपकेन्द्र बनल कबाड़

DSCF5123

बंद पड़ल हव उपकेन्द्र

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं  लखनपुर। इहां के सवस्थ्य उपकेन्द्र साल भर से बन्द पड़ल हव। उपकेन्द्र के कुछ काम टीका लगावे आउर सुई दवाई के कामअब ए. एन. एम. लोग घरे बइठ के करलीन।
इहां के मालती, मन्जू इ सब लोगन के कहब हव कि इ उपकेन्द्र पर पहिले टीकाकरण होवे आउर सुई भी लगे। लेकिन करीब साल भर से इहां कुछ नाहीं होत हव। इ उपकेन्द्र के सामान कुछ गावं के लोग गायब कर देहलन। म कुछ उपकेन्द्र में कबाड़ा के तरह पड़ल हव।
उपकेन्द्र के इ हालत के बारे में डाक्टर प्रेम प्रकाश अधिक्षक के कहब हव कि इ उपकेन्द्र के जंच हम करवाइब कि इ चलत हव कि नाहीं।