खबर लहरिया ताजा खबरें इ हव सफर करे वाले के हाल

इ हव सफर करे वाले के हाल

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं , सरायमोहाना। सरायमोहाना घाट के पुल 26 जून 2013 के शाम के समय टूट गएल।
इ पुल से रोज करीब चार हजार लोग सफर करत रहलन। पुल के टूट जाए से नाव के सहारे ए समय करीब दू हजार लोग सफर करत हयन। ओम प्रकाश, साहनी, मुन्ना के कहब हव कि हम लोग के आवे जाए के रास्ता यही हव। ए समय गंगा के पानी बढ़ जाए से पुल टूट गएल हव कही से अब दू ठे नाव लत हव। वही से लोग इ पार से उ पार जात हयन।
इहां  नाव चलावे वाले मुन्ना के कहब हव कि इहां  के मिट्टी एतना चिकना हव कि पैदल चलब भी बहुत मुश्किल हव। लोग एक दुसरे के हाथ पकड़ के नाव में बइठलन। गाड़ी, साइकिल भी चढ़ावे के रहला। पुल टूट जाए से बहु ज्यादा रिस्क लेवे के पडत हव। अगर इहां पांच  मिनट भी बारिश हो जाई त जैसे भगदड़ मच जाला। लोग इधर उधर भागे लगलन।27-06-13 Taza2 saraymohana