खबर लहरिया ताजा खबरें आवास देवे में करलन आनाकानी

आवास देवे में करलन आनाकानी

12-12-13 VDO Cholapur

चोलापुर ब्लाक के वी डी ओ

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं सुगुलपुर, बहरामपुर, पुरेधुसापुर, मुनारी के दलित बस्ती। इहां के करीब बीस लोग के कहब हव कि हमने के पास आवास ना रहे से रहे के ठेकान नाहीं हव।
हीरामनी, सुवचन, आशोक, रेखा, मीरा, मुन्नी इ लोगन के कहब हव कि हमने के रहे के कउनों ठेकान नाहीं हव। हमने के समझ में नाहीं आवत कि हमने कहाँ रहल जाय। जब हमने प्रधान से आवास खातिर के कहल जाई त आवास देवे के त दूर, घूस के पहिले बात करलन। इ मंहगाई में हमने पेट चलाई कि आवास खातिर के घूस देई। सरकार त कागज पर नियम देखा देला कि गरीब के पइसा ना लगी। लेकिन गरीबन से पइसा त लियात हव।
इ सब के बारे में कई गावं के प्रधान जइसे काशी, मन्जू सिंह, रमई के बेटा धन्नू इ लोगन के कहब हव कि हमने आवास खातिर के घूस नाहीं लेईत। गावं वालन झूठ वालन। जब उपर के लोग मंगलन तब पइसा लगला। वी. डी. ओ. रमेश कुमार यादव के कहब हव कि आवास में पइसा नाहीं लगत हव। जब कोई पइसा मंगला त गावं के लोग आके ब्लाक पर शिकायत करे के चाही। छह आवास मुनारी में, चार बहरामपुर में, आउर चार चार पुरेधुसापुर आउर सुगुलपुर में पास भयल हव।