जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर नदी। इहां के चोलापुर के नही के पुल दूनों तरफ से टूट गएल हव। टूटले के छह महीना के बाद भी अभहीं तक नाहीं बनल। जबकि इ पुल से लाखो लोग आवल जाल करलन।
विक्रम चलावे वाले मन्टू, कमलेश, प्रिन्स कई लोगन के कहब हव कि इ नदी के पुल दूनों तरफ से टूटल हव। लेकिन सरकार के इ समस्या देखात नाहीं हव। इहंा से जब हमने आइला जाइला त हमने के डर लगल करला। अगर थोड़ा से भी धक्का लगी त लोग सीधे पच्चीस फीट नीचे गिरीयन। दिन के त हमने चला लेहीला लेकिन पांच बजे के बाद नाहीं चलावे के मन करला। प्रधान मुन्नी पाशी के पति सुरेश पाशी के कहब हव कि इ नदी के काम खातिर के पी. डब्ल्यू. डी. में कई बार अप्लीकेशन देहली लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं भयल।
अधिकारी के पास जानकारी पूछे जा त अपने चपरासी से कहियन कि कह दा कि हम नाहीं हई। आउर हमके कउनों चीज के जानकारी नाहीं हव। जब अधिकारी के जानकारी ना रही त जनता के का बतहियन। पी. डब्ल्यू. डी. के राकेश श्रीवास्तव के कहब हव कि हमके कउनों जानकारी नाहीं हव। बड़े साहब के मालूम होई।
अधिकारी करत दुर्घटना के इन्तजार
पिछला लेख