खबर लहरिया ताजा खबरें अंधियारे में बीतत हव रात

अंधियारे में बीतत हव रात

06-02-14 Taza Bizli

बिगड़ल पड़ल ट्रांसफारमर

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं , गावं  डुबकियं यादव बस्ती। इहां के  ट्रांसफारमर जलले लगभग एक महीना हो गएल हव। बिजली ना रहे से लोगन के बहूत परेशानी उठावे के पड़त हव। इ  ट्रांसफारमर से करीब पाँच घर के लोग बिजली जलावलन।
इहां के शकुन्तला के कहब हव कि  ट्रांसफारमर जलले लगभग एक महीना हो गएल हव। लेकिन अभहीं तक बने के कउनों उम्मीद नाहीं हव। हमने के घर में अन्धेरा रह जाला। एक महीना में दू लीटर मिट्टी के तेल मिलला। उ भी पूरा महीना नाहीं चल पावला। जब बिजली रहल त मिला जुला के चल जात रहल। लेकिन ए समय नाहीं चल पावत हव। ए समय त लइकन के परीक्षा के दिन भी आ गएल हव। उ सब के पढ़ाई करे में भी बहुत दिक्कत होत हव। बिजली रहे त पढ़ाई भी हो जात रहल। नाहीं त ए समय घूमत हयन। अभहीं तक त कुछ पता नाहीं हव कि कब लाइट आई।
इ सब के बारे में अधिशासी अभियन्ता ई. वी. पी. सिंह के कहब हव कि अभहीं तक हमरे इहां सूचना नाहीं आएल हव कि एक महीना ट्रंासफार्मर जलले हो गएल हव। अगर मालूम रहत त बगनवाईत।