खबर लहरिया ताजा खबरें बिना बिजली के आयल बिल

बिना बिजली के आयल बिल

20-06-13 Banaras Harhhaua JEजिला वाराणसी, ब्लाक हरहुंआ,गावं  भोहरे। इहां के राजभर बस्ती में लगभग पचास घर के आबादी हव। लेकिन इहां  अभहीं तक बिजली नाहीं आएल हव। ताज्जुब के बात इ हव कि इ बस्ती में रहे वाले चन्द्रिका के नाम पर 44 हजार के बिजली बिल आएल हव। इ गावं के बसले एक पीढ़ी हो गएल हव। वहीं दूसरी तरफ गावं में रहे वालन पण्डित के केवल दस घर के आबादी हव लेकिन एन लोग के इहां हरदम बिजली रहला।
राजभर बस्ती के लोगन के कहब हव कि नाहीं तार हव नाहीं खम्भा हव। हम लोग त गरीब आदमी हई। यही पास में पण्डित लोगन के दस घर के आबादी हव वहां बिजली हमेशा रहला। इ बात के कई बार विधायक से भी कहायल कि इ गावं में अभहीं तक बिजली के सुविधा नाहीं हव। इ बस्ती में रहे वाला चन्द्रिका के कहब हव कि हम 1998 में बिजली कनेक्शन लगवावे के कोशिश कइली लेकिन बिजली नाहीं मिलल। तब भी बिजली के बिल 44 हजार आएल हव।
जब इ गावं में बिजली ही नाहीं हव त बिजली के बिल कइसन आवत हव। का कभी प्रशासन आके देखत हव कि इगावं में बिजली कनेक्शन हव कि नाहीं।
इ सब के बारे में जे. ई. आर. एन. सिंह के कहब हव कि आज से बहुत पहिले सब लोग कटिया फेंक के बारत रहलन। तब सरकार गावं में कनेक्शन खातिर के आदेश दिहलेस। गांव के कुछ लोगन नाम लिखवा देहलन। सब लोग बिजली ले लेलन गावं वालन के नाहीं मालूम कि बिल चालू हो गएल हव जब अचानक बिल आएल हे त सब लोग  घबरा गइलन।