खबर लहरिया ताजा खबरें कब तक सूखल रही नल

कब तक सूखल रही नल

21-11-13 Taza naraoatpur Tanki

दू साल भयल पानी टंकी के बनले

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगाव, गावं नरपतपुर। नरपतपुर बाजार में जल निगम के तहत दू साल पहिले के पानी टंकी लगल हव। लेकिन उ अभहीं तक चालू नाहीं भयल हव। इ पानी टंकी से लगभग दू हजार लोग जुड़ल हयन। अभहीं तक पानी नाहीं आवत हव।
इहां के सीताराम, अशोक यादव, सदानन्द, सुनील कुमार गुप्ता इ सब लोगन के कहब हव कि पानी टंकी के बनले एतना दिन हो गएल हव। लेकिन अभहीं तक पानी नाहीं आवत हव। हमने के पानी खातिर के इ हैण्डपम्प से उ हैण्डपम्प पर जायके होला। हर समय पानी खातिर के मारामारी होल करला। सबसे ज्यादा परेशानी तो गर्मी के दिन में होला। इ पानी टंकी पूर्व प्रधान बनवइले हयन। लेकिन अभहीं तक चालू नाहीं भयल हव। अगर पानी टंकी चालू हो जात त हमने के एतना पानी के दिक्कत ना होत।
इ सब के बारे में प्रधान दूधनाथ चैहान के कहब हव कि हम कई बार विधायक से कहली। इहां तक की संसद में लिखित भी देहली। लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं भयल। जल निगम के अधिशासी अभियन्ता जेपी राय के कहब हव कि पइसा आएल रहल त हम टंकी बनवा देहली। अब प्रधान के जिममेदारी हव कि आपन व्यवस्था करें।