खबर लहरिया वाराणसी चैरासी घंण्टा लगातार नचले के बाद भी नाहीं बना पइलिन रिकार्ड

चैरासी घंण्टा लगातार नचले के बाद भी नाहीं बना पइलिन रिकार्ड

soni curasiyaबनारस। मैराथन के नृत्य वर्ल्ड रिकाॅर्ड बनावे खातिर के बनारस की सोनी चैरसिया 14 नवंबर के कथक करे खातिर आर्य महिला पीजी काॅलेज के स्टेज पर उतरल रहलिन। उनके एक सौ चैबीस घंटा नाचे के रहल। सोनी के केरल के नृत्यांगना मोहिनी अट्टम के एक सौ तेइस घंटे पंद्रह मिनट के रिकाॅर्ड तोड़े के रहल। हर चार घंटे में कुछ मिनट के आराम फिर शुरू होत रहल उनकर सफर। उनकर हौसला देख के त लगत रहल कि रिकाॅर्ड उनके नाम होके ही रही। मगर 18 नवंबर के चैरासी घंटे तक नचले के बाद पैर धीरे-धीरे सुस्त पड़े लगल। अभी छत्तीस घंटा के सफर आउर बाकी रहल। मगर उनकर पैर जवाब दे दिहलेस। एसेे पहिले सोनी लगातार 24 घंटे नृत्य करके लिम्का बुक में अपना नाम दर्ज करवा लेहले हईन।
सोनी चैरसिया एक सामान्य वर्ग के परिवार से हईन। सोनी के पिता श्यामचंद चैरसिया पान की दुकान लगावलन। सोनी ने 2004 में आर्य महिला से स्नातक कइले हईन। फिर बी.एच.यू. से कथक में डिप्लोमा कइले हईन। इसके बाद इलाहाबाद से कथक में उपाधि प्राप्त कइले हईन। सोनी के सेहत आउर सुरक्षा खातिर के बनारस के डीएम राजमणि यादव पंचो दिन खातिर के 29 शिक्षा अधिकारी के ड्यूटी लगइलन आउर उप मुख्य चिकित्सा अधिकारी आउर कई लोग के तैनात कइले रहलन।
पहिले दिन सोनी लगातार आठ घंटे तक नृत्य कइलिन एकरेे बाद केवल दस मिनट के ही आराम लेहलिन जबकि नियम के अनुसार सोनी हर चार घंटे में बीस मिनट के आराम ले सकत रहलिन।