खबर लहरिया वाराणसी नाहीं मिलत हव पूरा सुविधा

नाहीं मिलत हव पूरा सुविधा

Taza Cholapur

सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र में पड़ल मेहरारू

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र। इहां पर डिलीवरी करवावे वाली मेहरारून के कउनों सुविधा नाहीं मिलत हव। नाश्ता आउर खाना भी ठीक से नाहीं मिलत हव। नाश्ता में चाय आउर खाना में तीन रोटी सब्जी मिलत हव।
भोहर गावं के माधुरी, राजापुर के विद्या आउर दानगंज के सविता के कहब हव कि हमने के रात के बच्चा पैदा भयल हव। जेतना भी सुई दवाई लगत हव सब अपने पइसा के लियावे के होत हव। इ अस्पताल में हमने के नायता में चाय आउर खाना में तीन रोटी सब्जी दाल मिलत हव। इहां के दीवार पर त लिखल हव कि फ्री में डिलीवरी होई लेकिन अइसन नाहीं हव। एक डिलीवरी में पांच सौ रूपिया ले लेहलन। बिना पइसा लेहले एक भी डिलीवरी नाहीं करवइतन। आउर कहियन कि कोई से भी कहिया मत।
सी. एम. ओ. एम. पी. चैरसिया के कहब हव कि डिलीवरी निशुल्क होवे के चाही। नाश्ता में दो अण्डा दूध आउर ब्रेड मिले के चाही। खाना में छः रोटी आउर सब्जी दाल चावल रोटी मिले के चाही। अगर अहिसे नाहीं मिलत हव त हमरे पास शिकायत करा।