खबर लहरिया ताजा खबरें तेरह घण्टा में तीन घण्टा मिलत बिजली

तेरह घण्टा में तीन घण्टा मिलत बिजली

 

Taza Bizli vibhag

बिजली विभाग के अधिकारी सत्य प्रकाश के कहब हव कि चुनाव से पहिले सरकार के तरफ से बिजली के आदेश सोलह घण्टा के रहल लेकिन अब दस घण्टा हो गएल

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, चैबेपुर बाजार। इहां के आबदी पांच हजार हव। चुनाव के बाद इहां पर चैबीस घण्टा में तीन घण्टा बिजली मिलत हव। सरकारी नियम में तेरह घण्टा बिजली देवे के हव। लेकिन कहीं पर भी अहिंसन देखात नाहीं हव।
सुनील गुप्ता, संजय कुमार, सत्येन्द्र सेठ, दीपक समेत लगभग कई लोगन के कहब हव कि बिजली ना रहे से हमने के केतना परेशानी होला। जब चुनाव रहल त हमने के सही बिजली मिलत रहल। लेकिन जब से चुनाव बितल हव तब से तीन घण्टा बिजली मिलत हव। एतना कम बिजली में हमने के सप्लाई के पानी भी नाहीं मिल पावत हव। लाइन ना रहे से आटा भी चक्की में पड़ल रह जात हव। लइकी लइकन के पढ़ाई भी नाहीं हो पावत हव। बिजली खातिर के हमने कई बार सड़क पर धरना भी देहली। बिजली विभाग के अधिकारी के सुचना आउर लिखित पत्र देवल गएल लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं होत हव। एही सब से ना हमने कहीं सूचना देत हई ना तो कोई से कहत हई।
बिजली विभाग के अधिकारी सत्य प्रकाश के कहब हव कि चुनाव से पहिले सरकार के तरफ से बिजली के आदेश सोलह घण्टा के रहल लेकिन अब दस घण्टा हो गएल हव। रात के गयारह बजे से चार बजे तक दिन में नौ बजे से गयारह बजे तक।