खबर लहरिया वाराणसी हैण्डपम्प बिगड़े से बच्चन जालन सड़क पर

हैण्डपम्प बिगड़े से बच्चन जालन सड़क पर

07-08-13 Gaav sihuliya

सिहुलिया के बिगड़ल हैण्डपम्प

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, हरहुआ गावं सिहुलिया आउर भटपुरवा। सिहुलिया गावं के प्राइमरी स्कूल में एक महीना से हैण्डपम्प बिगड़ल हव। जेकरे कारण बच्चन के पानी पिए खातिर के परेशानी होत हव। कुछ अहिसहीं हाल हव भटपुरवा के दलित बस्ती के। जहां के हैण्डपम्प खराब भइले से लोग पाँच महीना से परेशान हयन।
सिहुलिया के पा्रइमरी स्कूल में पढ़ावे वाली अनुज, पुष्पा के कहब हव कि इ हैण्डपम्प बिगड़ले एक महीना हो गएल हव लेकिन अभहीं तक नाहीं बनल हव। जब बच्चन के पानी पियास लगला त उ सब के सड़क पार करके जाए के पड़ला। अगर बच्चन के कुद हो जाई त दोषी के बनी। केतना बार हमने प्रधान से कहली लेकिन जब प्रधान सुने तब तो।
इ सब के बारे में इहां के प्रधान लक्ष्मीना के कहब हव कि हैण्डपम्प अभहीं बनवइले रहली। पानी नीचे चल गएल हव। फिर से रीबोर करवावे लायक हो गएल हव।
एही हाल भटपुरवा गावं के दलित बस्ती के भी हव। इहां के खदेरन, चम्पा, दिनेश, राजेश, चम्पा समेत आउर कई लोगन के कहब हव कि हैण्डपम्प रह के का करी कि हमने के पानी पिए के नाहीं मिलत। पूरे दलित बस्ती में खाली एक ठे हैण्डपम्प हव। उ भी बिगड़ल हव। हमने पांच सौ मीटर दूर से पानी लियावल जाई त पियल जाई। दुसरे के घरे से पानी लेवे जाल जाला त उ लोग बाल्टी डिब्बा उठा के फेंक देहियन। झगड़ा भी करलन। केतना बार हमने प्रधान से भी कहली लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं भयल। इ सब के बारे में पप्पु के कहब हव कि हैण्डपम्प भ्रष्ट हो गएल हव। अब ओके फिर से रीबोर करवावे के हव।