खबर लहरिया वाराणसी स्कूल में मास्टर के हव कमी

स्कूल में मास्टर के हव कमी

24-10-13 Kasba School

इ स्कूल में हयन दू टीचर

जिला वाराणसी, ब्लाक काशी विद्यापीठ, नगर क्षेत्र रामनगर। इंहा के प्राथमिक स्कूल में दू साल से मास्टर के कमी हव। देढ़ सौ लइकन में खाली दू मास्टर हयन। प्रषाषन से दू साल से मास्टर खातिर के कहल जात हव लेकिन अभहीं तक मास्टर के भर्ती नाहीं भयल। जेकरे वजह से लइकन के भविष्य खराब होत हव।
इहंा के मास्टर सुनील कुमार सिंह आउर षिक्षामित्र प्रेमषीला के कहब हव कि हमने दू साल से बेसिक षिक्षा अधिकारी से मास्टर के मांग कइले हई। ओन कहलन कि जल्दी भेज देब। लेकिन अभहीं तक कउनों सुनवाई नाहीं भयल हव। देढ़ सौ लइकन के दू मास्टर कइसे पढ़ईयन। लइकन के देख रेख करे के भी कोई चाही। एक लोग बच्चन के उपर धियान देई आउर एक लोग पढ़ाई त कइसे पढ़ाई होई।
बेसिक षिक्षा अधिकारी आर. सी. यादव के कहब हव कि ए समय नया मास्टर ग्रामीण इलाका खातिर के नियुक्त होत हयन। नगर क्षेत्र खातिर के नाहीं होत हयन। हमके पता हव कि वहां परेषानी हव। कुछ कहल नाहीं जा सकत कि कब तक परेषानी रही। प्रषासन के एकरे खातिर त सोचे के पड़ी।