खबर लहरिया ताजा खबरें स्कूल में भइल चोरी

स्कूल में भइल चोरी

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गांव जगदीशपुर।8 जनवरी 2013 के जगदीशपुर के प्राइमरी स्कूलमेंरात के ताला तोड़ के चोरी हो गइल। जवने में स्कूल के रजिस्टर सहित अउरो कई समान गायब हव।

स्कूल में भइल चोरी

स्कूल में भइल चोरी

स्कूल में दू साल से पढ़ावे वाली श`िर्मिला आउर ग्राम प्रधान भइया लाल के कहब हव कि इहां से शिक्षामित्र के रजिस्टर सहित पैंतीस किलोगेहूं गायब हव। आउर इ स्कूल के प्रधानाचार्य महेन्द्र प्रसाद गोस्वामी के कहब हव कि गेहूं, चावल आउर कुछ बर्तन गायब हव। जवन सब मिला के लगभग बीस हजार के चोरी भइल हव। आउर इ चोरी के खबर हमें मिल तो हम चोलापुर थाने में रिपोर्ट दर्ज करवइली। जबकि दूसरकी तरफ चोलापुर थाने के सब इंसपेक्टर लल्लू सिंह सोलंकी, आउर विजय सोलंकी के कहब हव कि जांच के बाद पता चलल कि  उहां कउनों चोरी नाही भएल हव। गलत शिक्षामित्र के नियुक्ति भएल रहल। आउर जब जन सूचना के तहत जवाब मांगल गइल तो प्रधानाध्यापक रजिस्टर चोरी करवा देहले हयन। आउर कउनों बात नाहीं हव।