खबर लहरिया ताजा खबरें सीवर बीछब बनल काल

सीवर बीछब बनल काल

taza bhojubeer nalaaजिला वाराणसी, ब्लाक काशी विद्यापीठ, भोजूबीर सब्जी मण्डी से मीरापुर बसहीं तक। इहां 1 मार्च से सीवर लाइन आउर पानी सप्लाई के पाइप बीछत हव। जवने से पूरा रास्ता बन्द तो हव ही लोगन के पानी के बहुत परेशानी उठावे के पड़त हव।
इहां के सत्यम् फूड कार्नर के दुकानदार, अनुप कुमार, आउर राजू समेत कई लोग बतइलन कि इहां के सड़क खोदा जाये से गर्मी के दिन में पानी के बहुत दिक्कत होत हव। एकरे साथ ही सड़क पे से आवे जाये में हमनी के एकदम हुलिया खराब हो जात हव। पानी पीए के गन्दा पानी मिलत हव। इहां खुदाई के काम मार्च में शुरू भयल हव आउर 30 मार्च तक पूरा करे के हव। लेकिन एके देख के ना लगत हव कि इ समय से पूरा हो जाई। एकर ठेका एल.एन.डी. कम्पनी के मिलल हव। एकरे बारे में एल.एन.डी. कम्पनी के साइट इंजीनियर अषोक के कहब हव कि इहां हम पानी के कउनों दिक्कत नाहीं होवे देइत। समय समय पे वाटर पम्पिंग करावल करीला। आउर अकस्मात मे भी पानी देइला। एके पूरा करे के समय 30 मार्च तक हव। आउर तब तक इहां सीवर बिछ के सड़क भी बन जाई।

भोजूबीर के सीवर के गन्दा पानी से भरल नाला के सफाई करे खातिर सफाई कर्मी के बिना कउनों सुरक्षा कवच पहिनइले नाला के सफाई करवावल जात रहल। जवने से सफाई कर्मी के बड़ा बिमारी भी हो सकअला। लेकिन इ बात के उहां केहू धियान देवे वाला नाहीं हव। एकरे बारे में जब एल.एन.डी. कम्पनी के साइड इंजीनियर अशोक से पूछाएल तो ओन कहलन कि उ सफाई कर्मी एहिसे सफाई ना करी तो कइसे करी जब सुरक्षा कवच के बात भइल तो कहलन कि अगर अइसन कउनों नियम होई तो मिल जाई।