खबर लहरिया वाराणसी सीवर जाम से लोग होत हयन बीमार

सीवर जाम से लोग होत हयन बीमार

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र पाण्डेयपुर कालोनी। इहां के पटेल आउर कन्नौजिया बस्ती में लगभग सौ मीटर तक सीवर के पानी सड़क पर एक साल से बहत हव। पहिले त सफाई भी होत रहल लेकिन पिछले एक साल से सफाई भी नाहीं होत हव। एक साल से बस्ती वालन इ समस्या से जूझत हयन। सीवर भी साल भर से जाम पड़ल हव।इहंा के राजकुमार पटेल, नरेश धोबी सीमा के कहब हव कि इहं के सीवर लाइन के पाइप संकरा होवे से इंहा के सीवर लाइन जाम पड़ल हव। इ पानी से आए दिन कउनों ना कउनों दुर्घटना आउर कई तरह के बीमारी फइलत हव। साल भर से इहां के सफाई भी नाहीं होत हव। सफाई करवावे खातिर कई बार इहां के सभासद से कहायल लेकिन कहाँ  सुनत हव।सभासद विजय मौर्या के पति अशोक के कहब हव महिला का जाने राजनिती। इ सब काम त हमने जानीला कि राजनीति कइसे करल जाला। हम बीस सयाल से राजनीति के काम देखत हई। पाण्डेयपुर में छत्तीस कालोनी हव। इहां पुरा कालोनी में सफाई खातिर के तीन लोग रख्खल हयन। उ तीन लोग कहाँ कहाँ सफाई करीयन। इहां तीन पोखरा हव उ भी पानी से भरल हव। इंहा के लोगन के पानी से पाइप जाम हो गएल हव। एही से इहां के लोग हमेशा बीमार रहलन। इंहाजब से नगर निगम के सीवर लाइन चालू ना होई तब से परमानेन्ट व्यवस्था ना होई।