खबर लहरिया वाराणसी साल भर से बिगड़ल पड़ल हव हैण्डपम्प

साल भर से बिगड़ल पड़ल हव हैण्डपम्प

12-12-13 Kasba handpamp

बिगड़ल पड़ल हैण्डपम्प

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र पाण्डेयपुर नईबस्ती। इ बस्ती में करीब साल भर से हैण्डपम्प बिगड़ल हव। इ हैण्डपम्प से करीब दस घर के लोग पानी पियलन। ना तो इहां कुआँ के पानी पिए लायक हव आउर ना तो इहां के हैण्डपम्प बनत हव।
इहां के रह वाली शशिकला, सुलचना के कहब हव कि पहिले हमने हैण्डपम्प से पानी पियत रहली। लेकिन इ हैण्डपम्प एक साल से बिगड़ल पड़ल हव। इहां के सभासद से बने खातिर के कहल जाला लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं होत हव। ए समय त कुआं के पानी भी पिए लायक के नाहीं हव। दवाई के छिड़काव भी समय से नाहीं होत की गावं वालन के कम से कम कुआं के पानी ही पिए कि मिल जाए।
सप्लाई के पानी के आसरा रहला। जब कभी सप्लाई के पानी बन्द हो जाला त हमने के इधर उधर भटके के पड़ला।इ सब के बारे में सभासद बालमती यादव के लइका राजेश यादव के कहब हव कि इहां लगभग दस हैण्डपम्प रीबोर करवावे लायक हव। 2012 के जल निगम में प्रस्ताव बना के देहले हई। जब आ जाई त रीबोर करवा देब।