खबर लहरिया ताजा खबरें सारंग पोखरा बनल हव कूड़ेदान

सारंग पोखरा बनल हव कूड़ेदान

20-03-14 Taza Pokhra

इ हाल हव तालाब के

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र सारंग तालाब। इहां के लोगन के कहब हव कि सारंग तालाब पर हर साल साल लगभग दस हजार पंचक्रोश करे आवलन। लेकिन ए समय त इ तालाब कूड़ा से भरल पड़ल हव।
जीयन श्रीवास्तव, भरत लाल पटेल, कमला प्रसाद समेत कई लोग के कहब हव कि एक जमाना रहल जब इ पोखरा के पानी से खाना बनत रहल। लेकिन ए समय इ तालाब देखे लायक नाहीं हव। इ तालाब के मरम्मत खातिर के कुछ रूपया मिलल हव लेकिन अभहीं तक मरम्मत नाहीं भयल हव। लोग के इ तालाब से बहुत श्रद्धा हव। एमे गन्दा पानी भरल हव। इ तालाब के चारों तरफ के दीवार भी टूट गएल हव।
इ सब के बारे में सभासद सत्यम प्रकाश सिंह के कहब हव कि इ तालाब राष्ट्रीय सम्पत्ति हव। दू महीना पहिले करीब चार करोड़ रूपया आएल। आचार संहिता खत्म होले के बाद काम शुरू हो जाई।