खबर लहरिया वाराणसी सब जगह खुदाई

सब जगह खुदाई

tazaa photo fitureबनारस जिला के सड़क के त न जाने केकर नजर लग गएल हव। पता नाहीं इहंा के सड़क खुदाई के हालत कब तक सुधरी? कहीं तीन महीना से सड़क के खुदाई हो रहल हव त कहीं छः महीना से। आखिर इंसान कब तक एके सही? एकर जिम्मेदार  के हव? खाली सरकार सड़क खुदवावे के जिम्मेदार हव भोजूबीर, महमूरगंज, पंचकोशी, पाण्डेपुर, लेढूपुर समेत बनारस के अइसन बहुत सी सड़क हव जहां सड़क खोद के ओसहीं पड़ल हव। कुछ अहिसहीं हाल पाण्डेपुर हुकुलगंज वाले रोड के हव जवने के खुदाई दिसम्बर से भएल हव आउर अभहीं तक नाहीं पुरा भयल। जेकरे वजह से आटो वालन आउर बस वालन के एतना दिक्कत होला कि गाड़ी के दूसरे रोड से लेके जायके पडअ़ला। ज्यादा गाड़ी चले से उ रोड के  हालत एतना बुरा हो गएल हव कि अब गाड़ी उलट जई कि कब उलट जई। जनता के भी केतना दिक्कत के सामना करे के पड़ला। हर रोज वही रास्ता से आवे जाए में इंसान एकदम थक जाला। अब तो लोग के बढि़या सड़क के देखे खातिर आंख तरस गएल हव। आखिर सरकार कउन दिन के इन्तजार देखत हव। सड़क खुदाए से हर समय छोटी मोटी दुर्घटना होल करला। का कउनो बड़ी दुघर्टना के इन्तजार हव? आखिर इ सब सड़क के हालत कब सुधरी जब सबकर हालत बिगड़ जाई तब। आउर जब इ सब सड़क के बारे में जब विभाग में बात होई तो कहियन कि इ सड़क के बनवावे के जिम्मेदारी केहू आउर के हव जब दूसर का विभाग में बात होई तो कहियन कि हमरे पास एतना पइसा ना हव कि सड़क बनवाई। आखिर के बनवाई इ सब सड़क?