खबर लहरिया वाराणसी शौचालय बनवावा बिमारी भगावा

शौचालय बनवावा बिमारी भगावा

30-01-14  GaavFakirpur

हमने के नाहीं हव शौचालय

जिला वाराणसी, ब्लाक हरहुआ, गावं फकीरपुर। इहां पर लगभग ढाई सौ घर के आबादी हव। लेकिन इहां पर एक भी शौचालयनाहीं हव। गावं में चाहे केतना भी परेशानी रहे लेकिन गंाव के प्रधान के कभी गावं के समस्या के धियान नाहीं रहत।
सावित्री आउर मुन्नी देवी इ सब लोगन के कहब हव कि हमने के शौचालय नाहीं हव। हमने के शौच खातिर के खेत में जायके पड़ला। लेकिन ए समय खेत में बोआई जोताई हो गएल हव। खेती भी बड़ा बड़ा हो गएल हव।
अब ए समय कहीं भी जगह नाहीं हव। एही से हमने के बहुत ज्यादा परेशानी उठावे के पड़ला। पहिले त जमीन खाली भी रहे लेकिन अब सब जगह पर घर बन गएल हव। हमने के इ समस्या के कउनों समाधान नाहीं नजर नाहीं आवत। सरकार हर घर में शौचालय बनवावे के योजना निकलले हव। सरकार के तरफ से नियम निकलल हव कि शौचालय बनवावा बीमारी दूर भगावा। लेकिन इहां कुछ नाहीं होत हव। आही तरह से खुलल पड़ल हव। प्रधान के त समझ में नाहीं आवत हव।
इ सब के बारे में जब गावं के प्रधान लालता प्रसाद पटेल से पूछायल त ओनकर कहब हव कि पचास शौचालय इन्दिसर आवास के बनवावे के हव। जब इ शौचालय बन जाई त मिली।