खबर लहरिया वाराणसी शौचालय के दिक्कत

शौचालय के दिक्कत

30-08-13 Gaav Sonbsrsa

इ गावं में नाहीं हव शौचालय

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं , गावं सोनबरसा राजभर बस्ती। इ बस्ती में लगभग पांच सौ घर हव। लेकिन एक भी शौचालय नाहीं हव। इ समस्या लगभग तीस साल से हव। इहां के लोग शौचालय खातिर के परेशान रहलन।
गीता, सन्जू इ लोगन बतइलन कि हमने के शौचालय नाहीं हव। हमने के घरे चाहे मेहमान आवे चाहे नई दुल्हन आवे सब के शौच खातिर के खेत में जायके पड़ला। ए समय खेत में जुताई बुआई हो गएल हव। बाजरा जोनहरी सब बढ़ गएल हव। शौचालय खातिर के कहीं जगह नाहीं हव। जाड़ा गर्मी के मौसम त कइसो बीत जाला। लेकिन बरसात में एतना बुरा हाल रहला कि खेत में शौच खातिर के जाए के मन नाहीं करत। केतना बार हमने प्रधान से कह चूकली। जब हमने प्रधान से कहल जाई त प्रधान कहीयन कि आई त दे देब।
इ सब के बारे में प्रधान नगीना के पति लल्लन के कहब हव कि सरकार के तरफ से शौचालय खातिर के नौ हजार रूपिया हव। उ भी लोहिया गावं वालन के। सामान्य गावं वालन के नाहीं आएल हव।