खबर लहरिया वाराणसी शहर बनल कूड़ा

शहर बनल कूड़ा

जिला वाराणसी, ब्लाक काशी विद्यापीठ बेनियाबाग। इहां25-07-13 Kasba beniyabag के तिराहे के राजनारायण पार्क के पास कूड़ा के ढेर लगल हव। इ तिराहा से करीब हजारो लोग आउर वाहन रोज आवल जाल करलन। इहां आस पास करीब बारह सौ लोग रहलन। लेकिन कूड़ा के वजह से लोग आवे जाए नाहीं चाहतन। कूड़ा के कारण सूअर भी घर के अन्दर घुस जालन।
इहां के जय प्रकाश, प्रियाशु, पूनम, काली, लक्ष्मी समेत कई लोग के कहब हव कि पहिले इ कूड़ा पार्क में फेंकात रहल। लेकिन पिछले तीन महीना से बेनियाबाग तिराहे पर ही फंकात हव। अब त इहां कूड़ा गाड़ी रोज कूड़ा गिरा के जाला। का करी हमने के इहां घर हव कि हमने रहत हई नाहीं त मन चलला कि कहीं घर छोड़ के चल जाई। जइसे लगत हव कि हमने के जिन्दगी कूड़ा बन गएल हव। हमने केसे कहल जाय कोई सुने तब तो। इहां कूडा़ से हमने के बहुत परेशानी होत हव। कई बार हमने अप्लीकेशन देहली लेकिन कउनो सुनवाई नाहीं होत हव। प्रशासन खाली कुर्सी लगा के बइठल हयन लेकिन कभी इ नाहीं सोचतन की कूड़ा के पास रहे वालन के जिन्दगी का होई?
इ सब के बारे में सभासद गोपाल सिंह के कहब हव उ जगह कूड़ा घर हव आउर कूड़ा वहीं गिरी।