खबर लहरिया ताजा खबरें राशन के नाहीं होत कभी जाँच

राशन के नाहीं होत कभी जाँच

Taza Rashan1

जिला पूर्ति अधिकारी अशोक कुमार यादव

 जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर गावं श्रीकण्ठपुर, गावं गड़सरा दलित बस्ती। इहां के पांच सौ के आबादी वाले दलित बस्ती में लगभग एक साल से राशन नाहीं मिलत हव। इहां के विमला, सन्तारा, धनरा समेत लगभग कई लोगन के कहब हव कि कोटा पर से हमने के खाली ढाई लीटर मिट्टी के तेल मिलला। कई बार राशन खातिर के भी कहे लेकिन अभहीं तक हमने के राशन नाहीं मिलत।
यही हाल हव गड़सरा गावं के। इहां के पन्नालाल समेत कई लोगन के कहब हव कि इ गावं में राशन खातिर के कई बार दरखाश दियायल लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं भयल। सरकार, अधिकारी, प्रधान, कोटेदार सब मिलल जुलल हव। ब्लाक पर भी कई बार दरखाश देहली लेकिन अभहीं तक कुछ नाहीं भयल। प्रधान प्रेमचन्द्र यादव के कहब हव कि ए. पी. एल. कार्ड करीब चार सौ लोगन के पास हव। सबके नाहीं दिया सकत। एही से जे गरीब हव करीब सौ लोग के दिया जाला।
श्रीकण्ठपुर कें कोटेदार भिष्मनारायण यादव क कहब हव कि ए.पी.एल कार्ड पांच सौ दस हव। बी.पी.एल. कार्ड निन्यानबे आउर अन्त्योदय पचपन कार्ड हव। ए.पी.एल. कार्ड पर प्रधान जेके कहलन ओही लोगन के देहीला। प्रधान लिख के देहले हयन कि शिवशंकर के पैतीस किलो राशन देव के देनके पास कउनो कार्ड नाही हव हम जनता मे से राशन काट के तब ओनके देहीला ए. पी. एल कार्ड एक घरे मे पाँच ठे हव पचास किलो ओन लोगन के दे देइला। जिला पूर्ति अधिकारी अशोक कुमार यादव के कहब हर तीन महीना में दस किलो गेहंू मिले के चाही। अगर सही राशन नाहीं मिलत हव त आके इहां शिकायत करे तुरन्त जाँच होई।