खबर लहरिया ताजा खबरें महंगाईं के लेके होत हव धरना

महंगाईं के लेके होत हव धरना

जिला वाराणसी, नगर कचहरी। इहां पर 21 जून  2014 के महंगाई के लेके समाजवादी पार्टी के कुछ  लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के पुतला फूंकलन। ओन  लोगन के कहब हव कि सब्जी, पेट्रोल, डीजल, रसोई  गैस के किराया सहित आउर कई सामान के  दाम बढ़ गएल हव। सैदपुर के पूर्व विधायक राजनाथ यादव समेत  लगभग तीस लोग धरना पर बैठे हुए थे। राम नरेश  यादव जिला सचिव रमेश यादव जिला प्रभारी जगदीश यादव इ सब लोगन के कहब  हव कि चुनाव से पहिले मोदी कहले रहलन कि रोजगार मिली आउर बेरोजगारी भी कम  होई। लेकिन सब चीज के दाम बढ़ल जात हव। अभहीं चुनाव बीतले महीना भर भयल  हे। मंहगाई एतना तेजी से बढ़ी त जनता कइसे कमाई खाई। एतना मंहगाई में हमने  कइसे आपन परिवार चलाई। अभहीं हमने धरना करत हई। ट्रेन के घेराव भी करल जाई  कि नरेन्द्र मोदी जनता से वादा कइले हयन उ सब के का होई।

24-06-14 Taza Mahangai

महंगाई के लेके पुतला फूंकात