खबर लहरिया ताजा खबरें मनरेगा में कब मिली बकाया मजदूरी

मनरेगा में कब मिली बकाया मजदूरी

30-10-13 taza

काम के आसरा देखत मजदुर

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं दमितवा। इहां के लगभग पैतिंस मजदूर जून 2013 में सूमी माई के मन्दिर के पास समतली करण के काम कइले हयन। तीन महीना हो गएल लेकिन अभहीं तक ओनके मजदूरी नाहीं मिलल हव। इ कारण से मजदूरन के रोजगार सेवक आउर प्रधान के चक्कर लगावे के पड़त हव।
प्रेमा देवी पन्द्रह दिन, छेदी लाल, देवालाल चैबीस दिन, शिवकुमार पन्द्रह दिन काम कइले हयन। इ लोगन के कहब हव कि खाली हमने काम नाहीं कइले हई। हमने के साथे बाईस मजदूर काम कइले हयन। कुछ ना कुछ सबकर मजदूरी बाकी हव। हाजरी भी जॉब कार्ड पर नाहीं चढ़ल हव।
रोजगार सेवक भारत भूषण से मिले के कई बार कोशिश करल गएल लेकिन ओनसे बात नाहीं हो पाएल।
प्रधान रामधनी के कहब हव कि हमके नाहीं मालूम रहल कि जॉब कार्ड पर मजदूरी नाहीं चढ़त। आज गावं में हम गएल रहे त गावं वालन बतइलन कि मजदूरी नाहीं मिलत हव। हम रोजगार सेवक से बात करे हे। मस्टर रोल खतम हो गएल रहल। सप्ताह भर में मजदूरी के भुगतान हो जाई।