खबर लहरिया वाराणसी बिजली कटौती से पूरा बनारस गरम

बिजली कटौती से पूरा बनारस गरम

जिला वाराणसी। ए समय पूरा बनारस शहर बिजली के अन्धाधुन्द कटाई से परेशान हव। पूरे बनारस के लोग जगह जगह धरना कर रहल हयन। इलेक्शन के समय त सब लोग लम्बा लम्बा वादा कइलन कि अठ्ठारह घण्टा बिजली देब त चैबीस घण्टा बिजली देब। लेकिन इलेक्शन खत्म भइले के बाद शहर में त जइसे बिजली पानी के अकाल पड़ गएल हव।
गावं गावं में बिजली कटौती बढ़ गएल हव त शहर में बिजली चैबीस घण्टा में आठ घण्टा मुश्किल से मिलत हव। बनारस के लोग कड़कती गर्मी में बिजली खातिर के परेशान हयन। सबसे ज्यादा परेशानी त बुनकर के होत हव। बिजली ना रहे से पावरलूम खड़ी हो जात हव। लोग पानी खातिर भी इधर उधर परेशान होत हयन। बनारस शहर के विधायक श्यामदेव राय चैधरी 27 मई 2014 से बिजली के मंाग के लेके धरना पर बइठल हयन। जब शहर के कुछ अफसर ओनके मनावे गइलन त ओन कहलन कि हमने के चैबीस घण्टा बिजली चाही बस।
जनता एतना मेहनत मुश्किल के बाद नया सरकार बनइलेस कि शायद हमने के बिगड़ल हालत सुधर जाय। लेकिन अगर एही हाल बिजली के रही त बनारस के जनता के का होई। ओकरे उम्मीद के का होई। जेके इलेक्शन के पहिले से देखत हव।