खबर लहरिया वाराणसी बन्द कर देहलन आवास के मांग करब

बन्द कर देहलन आवास के मांग करब

21-11-13 gaav puredhasupur Aavas

अब हम ना मांगब आवास

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर गावं बेला, पुरेधासुपुर दलित बस्ती।  इहां के करीब पन्द्रह घर के लोग आपन जिन्दगी मड़ई में गुजारत हयन।  इहां सालन से आवास भी कोई के नाहीं मिलल हव। इहां के लोग कई बार आवास खातिर के प्रधान आउर कुछ लोग से कहलन। लेकिन जब उ लोग देखलन कि कउनों सुनवाई नाहीं होवे वाला हव त उ लोग आवास के मांग  करब बन्द कर देहलन।
इहां के कमला, कलावती, कंचन समेत कई लोगन के कहब हव कि इहां अभहीं तक केहु के आवास नाहीं मिलल हव। हमने  इहां केतना साल से रहत हई लेकिन सुविधा के हिसाब से हमने के कुछ नाहीं मिलल हव। हमने के कच्चा घर हव ओही में रहल जाला। लेकिन सरकार के तरफ से आवास मिले के कउनों उम्मीद नाहीं देखात हव। हमने त नौकरी वाला त हई नाहीं कि हमने जब चाहब घर बनवा लेब।
इ सब के बारे में गावं के प्रधान मंजू सिंह के कहब हव कि लगभग 25 लोग के आवास खातिर के खाता खोलवइले हई। सेकेटरी उमाकान्त आवास खातिर के फार्म भरीयन। जेकर बी. पी. एल. सूची में नाम रही ओही के आवास अिमली।