खबर लहरिया वाराणसी पानी के जमाव से फइलत गन्दगी

पानी के जमाव से फइलत गन्दगी

22-08-13 Kasba handpamp

इहां नाहीं हव पानी बहे के साधन

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र पाण्डेयपुर चैराहा। पाण्डेयपुर चैराहे पर गुरूनानक मिठाई के दुकान के पीछे हैण्डपम्प के पानी बहे के कउनों साधन ना होवे से पानी आस पास फइलल करला। इ समस्या इहां करीब पांच साल से हव।
इहां के विजय यादव, रविशंकर, ओम प्रकाश कई लोगन के कहब हव कि इ हैण्डपम्प के पानी बहे के कउनों साधन नाहीं हव। पानी के जमा हो जाए से इहां से आवे जाएवालन आउर दुकान लगावे वालन के बहुत दिक्कत के सामना करे के होला। पानी के जमा हो जाए से गन्दगी आउर बदबू होल करला। अगर इहां नाली बन जात त पानी के निसार हो जात आउर गन्दगी, बदबू से भी दूर रहे के पड़त।
इहां के बारे में सभासद आनन्द कुमार कुशवाहा के कहब हव कि दुकान के पीछे बगल से नाली रहल। दुकानदार आपन दुकान बड़ा करे खातिर नाली के धियान नाहीं देलन। एही से हैण्डपम्प के पानी जमा होत हव। अभहीं नाली बने में करीब एक महीना लगी।