खबर लहरिया वाराणसी पाँच महीना से नाहीं बटल राशन

पाँच महीना से नाहीं बटल राशन

kaba Lasmanpurजिला वाराणसी, नगर क्षेत्र लक्ष्मनपुर पटेल बस्ती। इहां के पटेल बस्ती में चार पांच महीना से राशन नाहीं मिलत हव। मिट्टी के तेल भी नाहीं मिलत हव। एही से हमने डी. एम. आफिस पर आके धरना देत हई।
रामजीत प्रजापति, हंसा प्रजापति, मन्ना प्रजापति, सन्तलाल, रामसरन पटेल, ओम प्रकाश सिंह पुष्पा समेत कई मेहरारून के कहब हव कि हमने के पांच महीना से ना तो चावल मिलत हव ना तो चीनी मिलत हव ना तो मिट्टी के तेल। हमने के कुछ भी नाहीं मिलत हव।
पहिले हर महीना में 5 या 6 तारीख के राशन मिल जात रहल। लेकिन पाँच महीना से नाहीं मिलत हव। यही के लेके सभासद से कहली त ओन लिख के देह देहलन कहलन कि जा कचहरी पर लेके जा। हमने गरीब हई हमने के बहुत परेशानी के सामना करे के होला। रात भी अंधियारे में बीतावे के होला।
सभासद शिवशंकर यादव के कहब हव कि कोटेदार बहुत दूसरे किसम की हयन। हमार ओनसे कउनों मतलब नाहीं रहत। खाली अधिकारी लोग जना के आश्वासन देत हयन कि आज मिली कल मिली लेकिन खबर लिखे जाए तक राशन नाहीं बटल रहल। इ हाल हव अधिकारी लोगन के।