खबर लहरिया वाराणसी नाहीं हव खड़ण्जा

नाहीं हव खड़ण्जा

20-06-13 banaras gaon bankat khadanjaजिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगांव, गांव बनकट दलित बस्ती। इहां के दलित बस्ती के सड़क पन्द्रह साल से खराब हव। जेसे आवे जाए में लोगन के परेशानी होला। इहां  अभही तक खडण्जा नाहीं बनल हव।
रामलखन, अमरनाथ, बदामा, क्रान्ति इ लोगन के कहब हव कि इ सड़क लगभग दू किलोमीटर तक याराब हव। ए समय त बारिश के मौसम हव आवे जाए में बहुत परेशानी होला। कही कोई फिसल के गिरी त ओकर पैर टूटी त कोई के कमर। कभी साइकिल वालन गिरलन त कभी गाड़ी वाले। लेकिन अभहीं तक प्रधान एके नाहीं बनवइले हयन का ओनके नाहीं देखात हव।
जब इ बात के लेके प्रधान पूजा देवी से पूछायल त उ कहलीन कि खड़ण्जा हमरे प्रधानी से पहिले के खराब हव। अभहीं हम एकरे खातिर कुछ ना कइले हई।