खबर लहरिया वाराणसी नाहीं देत हयन समय के धियान

नाहीं देत हयन समय के धियान

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं देवरिया दलित बस्ती। इहां जब एक महीना बती जाई त दूसरे महीना में राशन मिलला। जइसे कि इ महीना के करीब आधा से ज्यादा समय बीत गयल आउर अभहीं तक राशन नाहीं मिलल हव। करीब छह महीना से हमने के इ महीना के सामान उ महीना में मिलत हव।
इहां के मुन्नी, माधुरी, कुन्ती देवी, रीता इ सब लोगन के कहब हव कि हमने आपन परेशानी केसे कहल जाय। पहिले हमने के महीना के पाँच तारीख के राशन मिल जाए। लेकिन पिछले छह महीना से पहिले महीना के सामान दूसरे महीना में दूसरे महीना के सामान तीसरे महीना में मिलत हव। इहां गरीब लोग खइले बिना मर जाए लेकिन इहां के लोग के कउनों फर्क नाहीं पड़त। जब सरकार के तरफ से राशन समय पर आ जात हव त कोटेदार के भी सही समय पर दे देवे के चाही।
प्रधान मुजू सिंह के कहब हव कि हर महीना राश्न मिलला। जनवरी महीना से 21 तारीख से राशन मिले शुरू भयल हव ओकरे बाद रायन मिली।03-10-13 udaypur