खबर लहरिया वाराणसी नाकाम सफाई के योजना

नाकाम सफाई के योजना

sigra roadबनारस। बनारस को साफ करे के सब कोशिश नाकाम होल जात हव। कूड़ा-कूड़ा भयल बनारस के स्वच्छ बनावे के कउनों भी योजना सफल नाहीं हो पावत हव।
अभी हाल ही में कुछ दिन पहिले एक योजना आएल रहल जेमे सड़क के किनारे कूड़ेदान में एक अइसन मशीन लगावल गएल रहल जउन कुड़ा के जलाकर खत्म कर देत। उ जलल कूड़ा से ईंट बनावे के विचार रहल। इ बनारस के गोदौलिया चैराहे पर रखकर आज़मावल गएल। लेकिन इ कोशिश नाकाम साबित हो गयल। एक आउर योजना बनल। एमे मुंबई से कुछ मैजिक बाॅक्स मंगावल गएल रहल इस मैजिक बाक्स में सब्जि़ी आउर फल के छिलका के कुछ दिन तक रखे से खाद बन जात। लेकिन नगर निगम की इ कोशिश भी कुछ खास नहीं कर पाएल। लोग एकर इस्तेमाल ही नाहीं कइलन।
बनारस में करीब 600 मेट्रिक टन कूड़ा रोज़ निकलला। बनारस नगर आयुक्त श्री हरि प्रताप शाही बतइलन कि कूडा के निस्तारण खातिर के लगातार काम हाते हव। कुछ हद तक सफलता भी मिल हव। विशेषज्ञों से राय लेवल जात हव। जहाँ   तक बात हव योजना के असफल होवेे के तो कोई योजना तभहीं सफल होई जब ओके लागू करे वाली संस्था आउर आम जनता के बीच में अच्छा तालमेल होई। नगर आयुक्त नगर निगम में अधिकारियों के साथ मीटिंग कइलन। आउर कहलन कि बनारस के स्वच्छ रखे खातिर के आम जनता के भी सुझाव लेवल जाएं। मोहल्ले-मोहल्ले में बैठक करके लोगन से बात करके ओनके स्वच्छता के बारे में जागरूक करके ओनकर सुझाव लेवल जाएं।