खबर लहरिया वाराणसी तीन महिना तक बन्द रही कोटा

तीन महिना तक बन्द रही कोटा

20-03 -14 Kasba Rashan

कोटा बन्द करे के आदेश के बाद लगल
जनता के भीड़। वहींसे भी हमने के नाहीं
मिलत रहल। अब भी हमने के कउनों
आसरा नाहीं भयल।

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर गांव कैथी दलित बस्ती। इहां ए. पी. एल. कार्ड पर राशन जवन तीन महिना पर मिलत उ लगभग एक साल से नाहीं मिलत हव 12 मार्च के संशीला के केाटा से राशन ब्लैक होत पकड़ाये से केाटा तीन महिना खातिर बन्द हव कर देवल गएल हव।
इहां क कई लोगन के कहब हव कि इहां कोटेदार दू लोग हयन राधेश्याम आउर सुशीला ऐन लोग लगभग एक साल से पीला कार्ड पर राशन नाहीं देत रहलन। सरकार गरीब खातिर देत हव लेकिन कउनों महिना मे ठीक से राशन नाहीं देत हयन लाल कार्ड पर गेहू चावल मिलाके ठीक मिलला लेकिन चीनी दू महिना में एक किलो मिलला।
कोटेदार सुशीला क कहब हव कि तीन कार्ड के राशन सियल बोरीया दे देहली गांव के लोग देख के शिकायत कइलन सबस्पेटर आउर डीयम मिलके जांच कइलन फिर कोटा कुछ दिन के बन्द कर देहन।
कोटेदार राधेश्याम बतइलन कि लगभग सन 1987से केाटा चलावत हई लेकिन अभहीं तक कभी भी अइसन शिकायत नाहीं आएल रहल।
प्रधान सविता देवी के कहब हव कि सुशीला चोरी से बेचत रहलीन। हमार पति इ सब देखत रहलन। रात के सबइंस्पेक्टर डी. एम. लोग जाँच कइलन। गावं के लोग कार्ड देखलन।