खबर लहरिया औरतें काम पर डिबरी से जलल मेहरारू

डिबरी से जलल मेहरारू

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं , गावं  उमरहां इहां   के आरती 24 जून 2014 को रात में पानी पिए खातिर के गइलिन आउर डिबरी के आग ओनकर साड़ी पकड़ लेहलेस जेकरे वजह से ओन जल गइलिन। आरती के सास चिन्ता, ससुर रामकृत आउर आस पास के लोगन के कहब हव कि रात में पानी पिए के पानी लेवे गइलिन। तभहीं डिबरी से ओनकरे साड़ी में आग लग गएल। घबराहट में ओन जाके चारपाई पर लेट गइलिन। ओनकरे पन्द्रह दिन के बच्चा के भी लपट लग गएल हव। ओनके तुरन्त अभय अस्पताल में भर्ती करावल गएल। उ अस्पताल में ओनकर हालत नाहीं सुधरत रहल त ओनके पहडि़या के होली सिटी अस्पताल में भर्ती करावल गएल हव। जब आरती से एकरे बारे में पूछल गएल तो ओन कहलीन कि हम डिबरी से जल गइल हई। आरती के पिता रामवृक्ष के कहब हव कि हमार लइकी त कहत हव कि हम अपने से जलल हई। होली सिटी अस्पताल के डाक्टर पुष्पेष गुप्ता के कहब हव कि अभहीं मरीज के बारे में कुछ कहल नाहीं जा सकत। अभहीं हालत गंभीर हव। आई . सी. यू. में भर्ती हईन।

24-06-14 Mahila mudda umrahan

अस्पताल में जलल पड़ल मेहरारू