खबर लहरिया ताजा खबरें टुटल पुल- भयल मुसीबत

टुटल पुल- भयल मुसीबत

11-07-13tazaजिला वाराणसी, नगर क्षेत्र सरायमोहाना घाट। सरायमोहना घाट पर बाढ़ आवे से पुल टूट गएल हव। इ पुल हर साल टूट जाला। गावं वालन एक एक करके घाट पर बईठ के आवे जाए वालन से चन्दा उतारलन।
वहां से आवे जाए वालन आउर वहां चन्दा उतारे वालन के कहब हव कि कच्चा पुल बार बार टूट जाला एही से हमने कच्चा पुल के मांग कइली। उ भी दू खम्भा डाल के अधूरा रूक गएल हव। चन्दा उतारे वालन के कहब हव कि चन्दा उतार के हमने निषाद नाविक मत्स्यजीवी सहकारी समिति लिमिटेड में कुछ पइसा जमा करल जाला।
निषाद नाविक मत्स्यजीवी सहकारी समिति लिमिटेड के अध्यक्ष मोहन लाल निषाद के कहब हव कि कच्चा पुल टूट जाए से लोग काफी परेशान रहलन। एही से लोग पुल के मांग कईलन। पुल में काम भी शुरू हो गउल रहल लेकिन उ अधुरा में रूक गएल रहल हव। सरकार के बदल जाए से पुल पूरा होवे के सम्भवना नाहीं देखात हव। काहें से कि कृष्णा मूर्ति फाएण्डेशन के स्टे लगा देवे से काम रूक गएल हव काहें से कि इ जमीन कृष्णा मूर्ति फाएण्डेशन के हव।