खबर लहरिया वाराणसी जाम सीवर से सड़क भर पानी

जाम सीवर से सड़क भर पानी

07-03-014 Kasba hksimpur

कब तक जाये के पड़ी ई रास्ता से

जिला वाराणसी, ब्लाक हरहुआ हासिमपुर चैराहा।  इहां के पांच सौ मीटर तक के सड़क डेढ़ सौ साल से खराब हव। इ सड़क पर से रोज करीब दू हजार लोग आवल जाल करलन।
इहां पर दुकान लगावे वाला मोहन पप्पू, राजू समेत कई लोगन के कहब हव कि इ सड़क एतना खराब हो गएल हव कि आवे जाए में बहुत परेशानी होत हव। पूरा सड़क पानी से भ्ज्ञरल हव। नीचे सीवर हव उ भसी जाम होके पड़ल हव। ओकर पानी सड़क पर फइलल रहला। छीटा पड़े से कपड़ा भी खराब हो जाला। दुकान पर ग्राहक भी कम आवलन। लेकिन  इहां के प्रधान से कउनों मतलब नाहीं हव। एही रास्ते से अहियन जहियन लेकिन एक बार भी इ सड़क बनवावे के बारे में सोचतन नाहीं। हमने कई बार पुलिस चैकी पर भी कहली लेकिन कहलन कि एक लोग के कहले का होई।
प्रधान मुन्नाराम के कहब हव कि इ सड़क खातिर के हम कई बार तहसील पर अप्लीकेशन देहली लेकिन कुछ सुनवाई नाहीं भयल।