खबर लहरिया औरतें काम पर जमीन खातिर देहलिन धरना

जमीन खातिर देहलिन धरना

mahila--mudda 4-6-2013

धरना में आइल महिला

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगांव, सारनाथ, गांव बरईपुर। यहां पर महिला किसान एक महीना से धरना पर बइठल हइन। अपने अधिकार खातिर के धुप में तिरपाल लगा के खेत के बीच में डी. एम. के इन्तजार करत हईन। इन महिला किसान के जमीन सरकार लोटस पार्क खातिर के ले ले लेहले हव। एही से इ महिला किसान के मांग  हव कि सरकार हमने के जमीन के बदले या तो जमीन दे या फिर मुआवजा।
ज्योति गुप्ता, रमला देवी, किषना गुप्ता, माला देवी, प्यारी देवी, राधा, तारा समेत आउर महिला किसान के कहब हव कि हम गरीबन के त कउनों सुनवाई नाहीं हव। इ जमीन त लेई लेहलन अब एकरे बदले में आगे के जमीन हमने के दे। हमनी कइसे आपन आउर अपने बच्चन के पेट चलाइब। डी. एम. भी एक सप्ताह के मोहलत देले के बाद नाहीं अइलन। आज एक महीना हो गएल हव। हम महिला किसान के इरादा हव कि इ खेत पर जउन सरकारी काम होत हव ओके रोकल जाई तब डी. एम. अइयन। आउर जब डी. एम. अइयन जब जाके कुछ हल निकली। एकरे अलावा हमने के पास कउनों उम्मीद नाहीं हव। आखिर कब तक लू में तिरपाल डाल के रहब। का सरकार के इ सब दिखाई नाहीं देत। अब जब तक काम ना रूकी कुछ ना होई। हमनी के जमीन के बदले में जमीन दे ताकि हमने के कइसो गुजारा होय।