खबर लहरिया वाराणसी जमीन खातिर के भयल मार

जमीन खातिर के भयल मार

19-06-2014 Gaave snnhi barthraजिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं , गावं   सोनहीं बर्थरा। इहां के दलित बस्ती में 13 जून 2014 के रात के साढ़े दस बजे बड़ा भाई मोहन छोटा भाई मोती के बीच जमीन के लेके मार पीट भयल। जवन कि घरे के दुआरी पर गढ्ढा जमीन रहल वोही के पाट देहले से छोटा भाई मोती से मार पीट गाली गलौज भयल।
मोती के मेहरारू जड़ावती देवी बेटी सुनीता कुमारी के बहुत मरलेश। जेकरे वजह से ओन लोग के बहुत चोट लग गएल। इहां तक कि दाँत  के निशान भी रहल। मोहन अपने परिवार के लेके थाना चैबेपुर गएल रहलन लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं भयल। रिपोर्ट भी दर्ज नाहीं भयल। एही से प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर मेडिकल  जाँच  भी नाहीं होत रहल। कई दिन के बाद 17 जून 2014 के शाम पांच बजे बुला के रिपोर्ट लिखलन। आउर दूनों पक्ष से 18 जून के सुबह बात कइलन। एस. ओ. आगे के कारवाही 21 जून 2014 के दूनों भाई के समझौता क